Monday, 12 January 2026

खुला अमेरिकन सुअर! भोजपुरी जर्नल Bhojpuri Journal: माघ 9125.

 

भोजपुरी जर्नल 
Bhojpuri Journal! 
माघ सृ. 1 972 949 125..


**  भोजपुरी जर्नल आज संसार भर के लोग पढ़ेलन, एह से आजू ईसाई सन 2026 के जनवरी में मानव जवना हाल में बा ओह प लिखल जरूरी बा!

आज सन 2026 में संसार में 190 से जादा स्वायत्त शासन वाला देश बाड़ेस! आ शांति बनावे रखले खातिर सन 1945-46 से "संयुक्त राष्ट्र संघ" जेकर मुख्यालय बा "संयुक्त राज्य अमेरिका", YSA के न्यूयॉर्क महानगर में.


मालूम हो कि ई YSA ढेर दिनन से अपना के संसार के पुलिस 
मान लेले बा खास क के 1945 के दूसर विश्व युद्ध में
 राष्ट्राध्यक्ष ट्रूमैन के आज्ञा से जापान देश के हिरोशिमा आ
 नागासाकी प ऐटम बम से लाखो लोगन के जान ले के, तब 
से ई जापान प आज ले आपन धौंस जमवले बा! आ अतने ना
, "ट्रूमैन डॉक्ट्रिन" से कवनो दूसर देश में  लोकतंत्र,
 Democracy / Demokraesi के नाव प, चाहे कवनो
 WMD आदि के नाव प प्रपंच क के कवनो देश में घुस के

 ओहिजा आपन चमचा बैठा देला युद्ध आदि क के आपन अस्त्र शस्त्र बेंच के खूब कमाई करेला!!

पिछला 80 बरिशन से ई सब चलता! आ ऊपर से NATO नाटो नाव से 22 देशन के एगो लड़ाकू ग्रुप बना ले ले बा!!


एह संसार के थानेदार के कहानी त अनगिनत बा! एह से कुछ के लिस्ट कईल जाता नीचे:

* कोरिया उत्तर आ दक्षिण में.
* वियतनाम उत्तर आ दक्षिण में.
* इराक में WMD आदि के नाव प.
* सीरिया आतंकवाद विरोध के नाव प.
* लीबिया गद्दाफिज्म के विरोध में.
* अफगानिस्तान आतंकवाद के चलते.
* पाकिस्तान में अस्त्र बेचे आ भारत प कंट्रोल खातिर.
* बांग्लादेश में एगो द्वीप लेवे खातिर तख्ता पलट!
* वेनेजुएला कब्जावे खातिर! वेनेजुएला के राष्ट्राध्यक्ष मदुरो          आ प्रथम महिला के अपहरण क के सत्ता खातिर आक्रमण      कइलस आजू के SRA प्रेसिडेंट ट्रंप 2.0.
> आगिला नंबर बा डेनमार्क के ग्रीनलैंड, कोलंबिया, क्यूबा,  ईरान, ....


** नाटो बनल रहे 13-14 देशन के मिल के "सोवियत संघ" जहां रहे "कलियुग में सतयुग" (go to da book with da sem TaaiTla, Author: Dr Deo Dutta Sharma), ओकरा के तोड़े खातिर! 

नाटो वल से त ना तोड़ संकलन सत्यवादी सोवियत संघ के! त सोवियत संघ के नोबेल शांति पुरस्कार दे के ओकर प्रेसिडेंट Gorbachev के फुसला के तोड़ देले "सीवियत संघ" के.

> आजू ट्रंप 2.0 खुला सांड हो गइल बा! आ जहां तहां मुंह मारता!!

>> ई खुला सांड के कंट्रोल खातिर RIC आ BRICS+ के आगे आइल जरूरी लागता!!!

>>> अमेरिका के लोगो कवनो खुश नैखन ट्रंप 2.0 से.









Bhojpuri Journal 13.1.2026.





Bhojpuri Journal 13.1.2026.

No comments:

Post a Comment