भोजपुरी जर्नल
Bhojpuri Journal!
Faagun
फागुन सृ. 1 972 949 125.
** भोजपुरी जर्नल आज संसार भर के लोग पढ़ेलन, एह से आजू ईसाई सन 2026 के फरवरी में मानव के जवन हाल में बा, ओह प लिखल जरूरी लागता!
आज सन 2026 में संसार में 190 से जादा स्वायत्त शासन वाला देश बाड़ेस! आ शांति बनावे रखले खातिर सन 1945-46 से UNO, "संयुक्त राष्ट्र संघ" ओकर मुख्यालय बा
"संयुक्त राज्य अमेरिका", YSA के न्यूयॉर्क महानगर में.
मालूम हो कि ई [YSA] संयुक्त राज्य अमेरिका / Sanyukta Raaja Amerikaa ढेर दिनन से अपना के संसार के पुलिस मान लेले बा खास क के 1945 के दूसर विश्व युद्ध में राष्ट्राध्यक्ष ट्रूमैन के आज्ञा से जापान देश के
हिरोशिमा आ नागासाकी प ऐटम बम से लाखो लोगन के जान ले के!
तब से ई जापान प आज ले आपन धौंस जमवले बा!
आ अतने ना
, "ट्रूमैन डॉक्ट्रिन" से कवनो दूसर देश में लोकतंत्र,
Democracy / Demokraesi के नाव प, चाहे कवनो
WMD आदि के नाव प प्रपंच क के कवनो देश में घुस के
ओहिजा आपन चमचा बैठा देला युद्ध आदि क के आपन अस्त्र शस्त्र बेंच के खूब कमाई करेला!!
पिछला 80 बरिशन से ई सब चलता! आ ऊपर से NATO नाटो नाव से 22 देशन के एगो लड़ाकू ग्रुप बना ले ले बा!!
एह संसार के थानेदार के युद्ध के कहानी त अनगिनत बा!
एह से कुछ के लिस्ट कईल जाता नीचे:
* कोरिया उत्तर आ कोरिया दक्षिण में.
* वियतनाम उत्तर आ वियतनाम दक्षिण में.
* इराक में WMD आदि के नाव प.
* सीरिया आतंकवाद विरोध के नाव प.
* लीबिया गद्दाफिज्म के विरोध में.
* अफगानिस्तान आतंकवाद के चलते.
* पाकिस्तान में अस्त्र बेचे आ भारत प कंट्रोल खातिर.
* बांग्लादेश में एगो द्वीप लेवे खातिर तख्ता पलट 2024 में!
* वेनेजुएला कब्जावे खातिर! वेनेजुएला के राष्ट्राध्यक्ष मदुरो आ प्रथम महिला के अपहरण क के सत्ता खातिर आक्रमण कइलस आजू के SRA प्रेसिडेंट ट्रंप 2:0 आ बन गइल 21म शताब्दी के रावण!
> अगिला नंबर बा डेनमार्क के ग्रीनलैंड, कोलंबिया, क्यूबा, ईरान, ....
* बाकिर ई पुलिस बड़ा स्वार्थी बा! खाली अमेरिका के उन्नति! चाहे आपन ट्रंप परिवार के उन्नति खातिर केहू के कुछुओ के सकेला!!
** नाटो बनल रहे 13-14 देशन के मिल के "सोवियत संघ" जहां रहे "कलियुग में सतयुग" (go to da book with da sem TaaiTla, Author: Dr Deo Dutta Sharma), ओकरा के तोड़े खातिर! नाटो, वल से त ना तोड़ संकल सत्यवादी सोवियत संघ के!
त सोवियत संघ के प्रेसिडेंट गौरवाचेव के नोबेल शांति पुरस्कार दे के ओकर प्रेसिडेंट Gorbachev के फुसला के!
तोड़ देले "सोवियत संघ" के!!
> सियरा रंग बदल ले बा आपन 2024 चुनाव के बाद, फेरू प्रेसिडेंट बन के!
आजू ट्रंप 2:0 खुला सांड हो गइल बा! आ जहां तहां मुंह मारता!!
>> एह खुला सांड के कंट्रोल खातिर RIC आ BRICS के आगे आइल जरूरी लागता!!!
EU के 27 देश "Madar aof aol Deels" से एह सढ़ऊ के हवा निकाल देले!
>>> अमेरिका के लोगो कवनो खुश नईखन ट्रंप 2.0 से.
ई त भईल कुछ आज कल के खबर जेकर असर संसार भर प पड़ी आवे वाला दिनन में!!
** एथेनॉलॉग 2025 के कुछ अंश नीचे देख जाता सधन्यवाद, जे से पता चलता कि आपन भोजपुरिया लोगन के "भोजपुरी भाषा" के का स्थान बा संसार के 50 मिलियन से जादा सकल L1 + L2 बोलनिहार के आधार प:
क्रम, भाषा, भाषाग्रुप, भाषा बोले वाला L1+L2 M = सकल M में:
2. मंडारिन, सिनो तिब्बती, 990 + 194 = 1184 M.
4 . स्पेनिश, ,, , 484 + 74। = 558 M .
36. भोजपुरी, इंडो यूरोपी, 53 + < 1 = 53 M.
ई भईले स संसार के 37 सब से जादा बोलल जाये वाला भाषा, जे में 36 म स्थान प बा आपन भोजपुरी, तब जब भारत सरकार भोजपुरी के आजू ले मान्यता नइखे देले!
जय "भोजपुरी भाषा"! "भोजपुरी संस्कृति"!! आ भोजपुरिया लोग!!
**नीचे संसार के कुछ प्रसिद्ध भोजपुरिया लोगन के नाव लिखिल जाता जे में से अनेक लोग आपन काम से अमर हो गइल बाड़े:
Bhojpuri Journal 5.2.2026.
No comments:
Post a Comment