भोजपुरी जर्नल, जून 2026!
Bhojpuri Jarnal
Jun 2026!
ओ
** युद्ध युद्ध युद्ध! पिछला साढ़े चार साल से जादा काल से तब के अमेरिका के प्रेसिडेंट बाइडेन अफगानिस्तान में आपन हार के बाद जब अमेरिकन जनता थू थू करे लागल! त आपन चेहरा बचावे खातिर युक्रेन में युद्ध शुरू करवा देले मूर्ख प्रेसिडेंट जेलेंस्की से!
जे आज भयंकर रूप ले लेले बा!!
** सियरा रंग बदल ले बा!
जवन अमेरिका के पिछला प्रेसिडेंट ट्रंप! अमेरिका के गिनल चुनल 3 - 4 प्रेसिडेंट में रहन, कवनो नया युद्ध शुरू ना करवावे वाला, ऊ ट्रंप आपन पिछला रेकॉर्ड के चलते भारी मत से बन गैलन प्रेसिडेंट Tramp PresiDenT agen फेरू!
बाकिर ई का?
प्रेसिडेंट चुनाते "सियरा रंग बदल ले बा" वाला भईल हाल!
चलल रहन अमेरिका, YSA के MAGA महान बनावे! बाकिर बन गैलन प्रेसिडेंट से महान राजा रावण! वेनेजुएला के प्रेसिडेंट मदुरो आ उनकर पत्नी के आधा रात में अगवा करवा के!
फेर MAGA खातिर ग्रीनलैंड के हथियावल चहलन ! बाकिर जब यूरोप के देश डेनमार्क के समर्थन में आ के हुड़कवन, त डर के सु टु क गैलन.
बाकिर पोछवा त सीधा होखे ना! त ईरान में चललन सत्ता परिवर्तन करे! उहे rijaaim cenj! जे करीब हर ysa प्रेसिडेंट के करतूत!
महीनन ले आपन एयरक्राफ्ट कैरियरों के ईरान के नजदीक अरब सागर में रह के धिरावत रहलन! आ इजरायल से मिल के एक दिन सैकड़ों मिसाइल से हमला क के ईरान के सुप्रीम लीडर अयातुल्लाह खुमैनी के कुछ परिवार आ अनेक कमांडर के मुआ के सम्हझले कि जीत गैनी जंग! बस अब ईरान में आपन चमचा बैठा देब!
बाकिर ई का?
ईरान से लड़तारे ट्रंप जी! छल से!! बल से!!! फरवरी 2026 से!
कादो 40 से 50 ट्रिलियन USD गवाँ देले, अनेक फाइटर जेट के ईरान से गिरवा के!!
ट्रंप के कवनो बात के कुछुओ मतलब ना!
तीले मासा, त तीले तोला! एह से ट्रंप जी अपना के बड़ हंसी के पात्र बना के रख देले बाड़े.
देश के दुर्दशा देख अमेरिका के पचासो राज्यन के जनता विरोध में आ के कहलन कि हमनी के कवनो राजा ना चुनले रहीं! "No King" चिल्ला के!!
हार खा के ट्रंप जी संसार के प्रसिद्ध आतंकी देश के सहायता से महीनाभर में एगो शांति MOU कैलन ईरान से स्विट्जरलैण्ड में!
बाकिर ई का!
सप्ताहे बाद शुरू क देलन युद्ध!!
ट्रंप के चलते पूरा संसार आर्थिक संकट में बा आज इनकर तेल के खेल से! खास क के ईरान से युद्ध से!!
** InBho इस्कूल हाल में ऑनलाईन सर्वे करवस LD जनतांत्रिक deshan के GDP PPP I$ के घटत क्रम से!
जे में ऊपर के 10 देशन के लिस्ट में देखीं YSA के स्थान:
1. चीन 8.38 दस बेस प.
2. भारत 6.8
...
10. SRA, YSA (-) 4.03. अकेला देश एटम बम गिरावे वाला.
** बिहार, भारत के दुखदायी खबर!
का होला जब रक्षक, बन जाय भक्षक!
हाल में भारत के 5 राज्यन आ UT में आम चुनाव भइल, त बिहार आ पश्चिम बंगाल में भारी बहुमत से NDA आ BJP के सरकार आइल.
बिहार के MM Samraat Caudhari बनलन aa पश्चिम बंगाल में MM बनलन शुभेंदु अधिकारी.
बिहार के MM सम्राट चौधरी जी बिहार के UP जैसन माफिया मुक्त बनावे के घोषणा कैलन! शुरू भईल बिहार पुलिश के माफियन के एनकाउंटर!
भोजपुर जिला के जवानिया गांव गंगा जी के बाढ़ बहा ले गइल.
बिहार सरकार 70 - 75 एह बाढ़ पीड़ित लोगन के बिलौटी गांव में बसावे खातिर जमीन देले आ कथित रूप से 1400 करोड़ रुपए!
एह गाँव के एगो भारत भूषण तिवारी, 28 बरीस के B.Sc. जब देखलन कि बाढ़ग्रस्त लोगन के नया बसवाली में ना त पानी बा आ ना रोड आ बिजली.
एह दलित, गरीब, अनपढ़ लोगन के सुविधा दियावे खातिर भरत तिवारी SDM आदि के निहोरा करे लगले! जे से रोड बनल, बिजली आइल, आ 2 गो छापा कल गड़ाईल .
एह दलित गरीब लोगन के दिक्कत घरे घरे जा के हाल चाल लेत रहन भरत तिवारी !
जब एक चापा कल खराब आ गुज़ार से गंदा पानी आवे लागल त भरत SDM के चक्कर लगावे लगलन, त कुछ कहासुनी होगैला प ऊ लोग पुलिस के लगा देले भरत तिवारी के पीछे.
एह भ्रष्ट अधिकारि आ पुलिस के चलते शायद आपन सुरक्षा खातिर भरत एगो पिस्टल / कट्टा खरीद ले ले. 16 जून के जब पुलिस इनका घर गइल, त पिस्तौल देख लौट गइल.
अगिला दिन 17 जून के भोरे पुलिश इनका घरे आ गइल! त भरत छत प चढ़ के पिस्तौल हवाई फायर कईलन; आ नीचे आ के "लो सरेंडर कह के पुलिस के सामने पिस्टल फेंक देले"!
बस देखते देखते पुलिश भरत तिवारी के पकड़ के 3 गोली गोड़ जांघ प मरले आ पकड़ के गाड़ी में बैठा के ले गइले.
कुछ लोग कहले कि ऊ 1-2 औरू फायर सुनले, जे बाद में पोस्टमार्टम रिपोर्ट से पता चलल कि भरत के कुल 5 गोली मारल गइल!
ऊपर के कथित बात से ई साफ लागल सब लोगन के कि पुलिश भारत के एंकाउंटर ना! हत्या कइलस!!
ई सब देख के ऊ दलित, गरीब, अपढ़ लोग अब कहतारन कि भरत त भगवान रहन! अब के देखी उनका के!!
भगत तिवारी दीन, दलित गरीब लोगन खातिर भ्रष्ट अधिकारियन से लड़त "शहीद भरत" बन गइलन "भगत सिंह, चंद्र शेखर आज़ाद" जैसन आजू!
जे से उनका "शोक सभा श्रद्धांजली" लाखो लोग आइल रहन.
बिहार MM सम्राट चौधरी रिटायर हाईकोर्ट जज विजय कुमार सिन्हा के अनदर एह केश के न्याय खातिर "न्यायिक जांच आयोग" बना देले!
हद त तब भईल जब जज के अभय तिवारी के घर जाये से एक दिन पहिले 11-12 रात के भोजपुर के SP भरत के घर जा के भरत के छोट भाई के धमकवले कि कुछ मत बोलना, नहीं तो तेरा उहे हाल होगा!
भरत भूषण तिवारी एगो समाजसेवी गरीब दलित बाढ़ग्रस्त लोगन के सुविधा दियावे खातिर भ्रष्ट अधिकारियन से लड़त बिहार आरक्षी से फर्जी एनकाउंटर से शहीद हो गईलन,!!
ई त हाल बा आज बिहार के मुख्य मंत्री सम्राट चौधरी के पुलिश के जे उनके गृह मंत्रालय के अंदर बा!
बाकिर आशा बा MM सम्राट चौधरी सफल होखस!
बाकिर जादा नीमन त तब होइत जब एह केश के जांच सीबीआई करित!!
Bhojpuri Jarnal 30.6.2026.
No comments:
Post a Comment