भोजपुरी जर्नल
27 जुलाई 2026!
** पुराण के काल के भारतवर्ष बनल भारत!
फेरू भारत में आजू से करीब 11 सौ 12 सौ बरस पहिले यवन राज भइला प भारत कहाइल हिंदुस्तान!!
आ आजू से करीब 250 बरीस पहिले म्लेच्छन के राज भईला प भारत कहाइल इंडिया INDIA!!!
> आज भारतवर्ष, भारत, हिंदुस्तान, इंडिया 140 करोड़ जनता से 3 - 3 बेरू चुना के भारत के भारत के पहिला चयनित प्रधान मंत्री 2014 इसवी से बनल बाड़े नरेंद्र मोदी! जे दिन रात एक क के खाली सब के साथ, सब के विकास आ प्रयासे में नइखे लागल बाड़े, बलुक भारत के भूलल बिसरल जर्जर धार्मिक जगहन के पुनरुत्थानो करे में लागल बाड़े आपन दल वल के साथ.
> एह से पहिले भारत में 2013 ले पीएम मनमोहन सिंह राज चलावल रहन भारत के एगो इटालवी बहुरानी के अधीन रह के! जे कहत रहन कि भारत के सब प्राकृतिक संसाधनन प पहला अधिकार ह मुस्लिम अल्पसंख्यकन के, जे 1947 में "भारत माता के 3 - 4 खंड करवा के 2 - 3 खण्ड में आपन अलग सत्ता बना ले ले रहे!! ... ... ...
>> भारत के पीएम नरेंद्र मोदी भारतीय परंपरा वसुधैव कुटुम्बकम् के अनुसार भारत के अलावे दुख के घड़ी में संसार के अनेक देशन के भरसक सहायता कइलन जे से संसार भर में भारत के लोगन प आदर बढ़ल!
>> आज NDA, BJP के सब सहयोगी दल के भारत के 22 राज्य आ UT प राज बा.
>> भारत के नेहरूवियन संविधान के अनुसार भारत में "संसदीय लोकतंत्र" बा, जे में rrp, rialli ruling। parson holan पीएम जेकर जनता से चुनावे ना होखे. लोकसभा में जे आदमी के आधिपत्य होखे, ओकरे के पीएम के रूप में भारत के राष्ट्रपति से पद आ गोपनीयता के शपथ दियावे के होला!
एह से भारत में जनतंत्र ना "संसदीय लोकतंत्र" बा! जेकरा के असल में जनतंत्र के नाव प कलंक कहल जा सकेला!! काहे कि लोकसभा में बहुमत ना भईला प MPs लोगन के जोड़ - तोड़, खरीद - फरोस्त, लालच, डरा धमका के, by fair or fail means, के केहु बन जाला LS के लीडर आ rrp PM.
झूठ फूस के स्कूल कॉलेज में पदावल जाला कि डेमोक्रेसी माने "Baai da pipul, sof da pipul, for da pipul" वाला सासन!
असल में आज पश्चिमी डेमोक्रेसी में 2 चीज जरूरी बा:
1. जनता के सासन के सामने आपन हित खातिर बोले के अधिकार! सासन के विरुद्ध ना!! जैसे UK में. ना कि सऊदी अरबिया में.
2. कैपिटलिज्म: कानूनी रूप से धन कमाई आ संग्रह के अधिकार!
>> LD: "Lincolnion Democracy" माने
जनतांत्रिक सासन "By da pipul, for da pipul, of da pipul" वाला. असल में जनतंत्र के बदले कवनो शब्दे नइखे इंग्लिश डिक्शनरी में.
आज USA में अर्ध जनतंत्र बा काहे कि प्रेसिडेंट आ वाइस प्रेसिडेंट के जनता से चुनाव होला एक तरह से.
भारत में 2014 के चुनाव में चुनाव से पहले बीजेपी के ई कहला प कि यदि NDA जीती, त भारत के पीएम नरेंद्र दामोदर मोदी जी बनीहन.
तब जब चुनाव आइल, त "हम भारत के लोग" धूम के NDA के वोट देके पूर्ण बहुमत से जितवनी जा, जे से भारत के इतिहास में नरेंद्र दामोदर मोदी बनलन पहला चयनित पीएम लोकसभा में पूर्ण बहुमत से!
चिचियात रह गइली महारानी माइनो जी, कि ई samvudhasn के खिलाफ बा. आ ऊ सही कहली!
>> अमेरिका में पढल AAP के सदस्य अभिजीत दीपके CJP: "कॉक्रोच जनता पार्टी" तिलचट्टा के संस्थापक
ऑन-लाइन कहलन कि ऊ दिल्ली आवतारे आ जंतर मंतर प आंदोलन करिहन करीब 1 महीना पहिले ई कह। के कि, भारत के शिक्षा मंत्री धर्मेंद्र प्रधान इस्तीफा देस!
भारत सरकार दीपके कॉक्रोच तिलचट्टा के शांति पूर्ण आंदोलन करे के अनुमति दे के सुरक्षित जंतर मंतर, दिल्ली पहुंचा देले!
आंदोलन, प्रदर्शन, उपद्रव चलत रहल आ हर तरह के लोग जुटत गैलन हज़ारो. यही बीच लदाख के सोनम वांगचुको आ गइलन आ भूख हड़ताल शुरू क देलन! जब उनकर स्वास्थ्य गिरे लागल त उनका के अस्पताल में सरकार डाल देलास.
लोग जुटत गइल भारत के अनेक जगह से! छात्र, उपद्रवी, राजनैतिक दल के लोग लागल रहल AAP के लोग, SP के डिम्पल यादव, ... आदि.
संसद ठप! कांग्रेस के राहुल गांधी आ प्रियंका गांधी त पीएम मोदी के आवास के सामने दल वल के साथ प्रदर्शन कइलन. पीएम सुरक्षा के चलते पुलिश इनका के उठा ले। गइल!
UP के 2027 के चुनाव खातिर का कांग्रेस आ का सपा CJP से लाभ ले बे खातिर होड़!
> जब CJP कॉक्रोच तिलचट्टा वाला घोषणा कइले कि "20 जुलाई के संसद चलो!" त का दिल्ली पुलिस टुकुर टुकुर। ताकत रहीत! 2 स्तर के बेरीकेड लगा देले आ लाग गैलन संसद के सुरक्षा में!!
प्रदर्शनकारी इहो चिल्लात रहे कि भारत के नेपाल आ बांग्लादेश बना देब!
जब हर तरह के उपद्रवी लोगन के साथ कॉकरोच तिलचट्टा बेरियर कूदत फ़ानत संसद के ओर बढ़ते जात रहे, त पुलिश के संसद के सुरक्षा खातिर पहिले माइल्ड लाठी चार्ज आ फेरू आंशू गैस छोड़ले! सफल भईल पुलिश उपद्रव आ। कॉकरोचन के रोके में!! बाकिर अनेक लोग पुलिश के पत्थर आ टाइल से खुप पिटाई काले कैले!
कहल जाता कि करीब 160 पुलिस आ 65 उपद्रवी घायल भईलन!!
> एही बीच स्वास्थ्य मंत्री नड्डा आ डा जितेंद्र सिंह जी अस्पताल में जा के वांगचुक के सूप पिया के भूख हड़ताल समाप्त करवले. ओने ई दूनो मंत्री CJP के प्रवक्ता से बात क के उनकर 3 में से 2 बात मान ले ले:
1. कवनो छात्र के दंडित ना कइल जाई.
2. जे नीट के परीक्षा पोस्टपोन के चलते आत्महत्या कैले, उनका परिवार के मुआवजा मिली!!
बाकिर केंद्रीय शिक्षा मंत्री धर्मेंद्र प्रधान के इस्तीफा के मुद्दा प विचार खातिर समय मंगले मंत्री लोग.
>>> बाद में शिक्षा मंत्री धर्मेंद्र प्रधान जी नवयुवक लोगन के आकांक्षा प ध्यान दे के आपन पद से इस्तीफा दे देलन!!
आ जंतर मंतर प मंत्री नड्डा आ जितेंद्र सिंह जी के साथ CJP कॉक्रोच प्रवक्ता घोषित कैले कि ई प्रदर्शन आंदोलन समाप्त हो गइल!!!
> अनेक कॉकरोच ई कहत रहन कि ई त पहला विकेट ह!
अगिला नंबर शाह के, मोदी के!!
** भोजपुरी जर्नल:
जब EVM हैकिंग के बहाना ना चलल!
SIR ना चलल!!
वोट चोरी के बहाना ना काम आइल!!!
> लागता भारत में अब कॉकरोच, तेलचट्टा कीट राज चली!
Bhojpuri Journal, July 2026.
No comments:
Post a Comment